ईसाई का ह?




सवाल: ईसाई का ह?

जवाब:
शब्दकोश में ईसाई के जवन परिभाषा बा ओकर मतलब बा “ एक व्यक्ति जे यीशु के मसीहा के रूप में खुलेआम स्वीकार करे चाहे यीशु के धार्मिक शिक्षा में आस्था रखे।” वइसे शुरू करे खातिर इ एगो अच्छा बिन्दु बा, बाकि बहुत शब्दकोशन के परिभाषा के तरह इहो कई ईसाई के बारे में कम जानकारी दे रहल बा अगर तुलना कइल जाव जवन बाइबिल में जवन ईसाई के मतलब दिहल गइल बा। “ईसाई” शब्द के इस्तेमाल नया टेस्टामेंट में तीन जगह कइल गइल बा (ऐक्ट 11:26;26:28;1पीटर 4:16)। एंटीओक में ईसा मसीह के अनुयायी सबसे पहिले “ईसाई” कहिलइले (ऐक्ट 11:26)। काहें कि उ लोग के व्यवहार, गतिविधि अउर बात करे के तरीका ईसा मसीह के तरह ही रहे। “ईसाई शब्द के शब्दशः मतलब ह, “ईसा मसीह के पार्टी के सदस्य” चाहे “ईसा मसीह के अनुयायी”।

दुर्भाग्य से कालांतर में “इसाई” शब्द के सही मतलब के आपन महत्व खो इहल अउर इ ओकरा खातिर प्रयोग होखे लागल जे धार्मिक होखे चाहे उच्च नैतिक मूल्य वाला होखे, भले ही उ ईसा मसीह के सच्चा अनुयायी होखे भा ना होखे। बहुत लोग जे ईसा मसीह में आस्था अउर विश्वास ना रखे बाकि एह से अपना के ईसाई समझेले कि उ रोज गिरजाघर जाले अउर ईसाई देश में रह रहल बाड़े। बाकि गिरजाघर गइला से, अपना से गरीब लोगन के सेवा कइला से भा अच्छा इंसान भइला से केहू ईसाई ना बन जाला। गिरजाघर गइला से तू ईसाई ना बन जइब जइसे गैरेज में गइला से तू आटोमोबाइल बन जा ल। कौनो गिरजा घर के सदस्य बन के, नियमित रूप से सेवा में भाग ले के अउर गिरजा घर खातिर काम कर के तू ईसाई ना बन जइ ब।

बाइबिल में बतावल बा कि हम जवन अच्छा काम करेनी, ओकरा से खाली ईश्वर हमनी के ना स्वीकार कर लिहें। टाइटस 3:5 में कह ताड़े,” उ हमनी के रक्षा कइले बाड़े, एह से ना कि नेक काम हमनी के कइले बानी, बाकि उन कर दया के कारण। उ हमनी के पवित्र भावना से पुनर्जन्म अउर नवीनीकरण के धुलाई कर के बचइले बाड़े।” एह से ईसाई उहे ह जे ईश्वर के कृपा से फेर से इ धरती पर जन्म लेले बा (जॉन 3:3; जॉन 3:7; 1 पीटर 1:23) अउर ईसा मसीह में आपन अस्था अउर विश्वास रखले बा। इफेसियन्स 2:8 हमनी से कहल बा कि इ...” कृपा करके तहरा के बचावल गइल बा, विश्वास के माध्यम से - इस सब खुद से ना बल्कि इ सब ईश्वर के सौगात ह।

एक सच्चा ईसाई उ हो ला जे आपन आस्था अउर विश्वास ईसा मसीह अउर उनका द्वारा कइल गइल कार्य में रखे ला, जेकरा में पाप के प्रायश्चित खातिर शूली पर जान दिहल अउर तीन दिन बाद फेर से वापस आइल शामिल बा। जॉन 1:12 में कहल बा, “ उस सब जे उनका के पवले बा, उनकर नाम में विश्वास कइले बा, उ ओकरा के ईश्वर के बच्चा होखे के अधिकार देले बाड़े।” सच्चा इसाई के पहचान ह दोसरा खातिर प्रेम अउर ईश्वर के आज्ञा के पालन कइल ( 1 जॉन 2:4, 10) । एक सच्चा ईसाई सही माने में ईश्वर के शिशु ह, ईश्वर के आपन परिवार के हिस्सा, अउर उहे ईसा मसीह में नया जीवन भर दे ले।

एहिजा जवन दिहल बा, का उ पढ़ के रउआ ईसा मसीह खातिर निर्णय लेले बानी? आगर हाँ, कृपा कर के नीचे दिहल बटन के क्लिक करीं “हम आज ईसा मसीह के स्वीकार करऽ तानी”।



भोजपुरी हामपेज में वापस



ईसाई का ह?