यीशु के व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइला के मतलब का बा?




सवाल: यीशु के व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइला के मतलब का बा?

जवाब:
का तू ईसा मसीह के आपन व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइले बाड़? इ सवाल के ठीक ढंग से समझे खातिर पहिले तहरा इ समझे के पड़ी कि “ईसा मसीह”, “व्यक्तिगत” अउर “रक्षक” के मतलब का ह?

ईसा मसीह के हवे? बहुत लोग ईसा मसीह के ईश्वर के आदमी के रूप, एक गुरू के रूप में, चाहे ईश्वर के दूत के रूप में माने ला। यीशु के बारे इ सब बात निश्चित रूप से सांच बा, बाकी उ लोग पूरा सही नईखे कि उ के हवे। बाइबिल में हमनी से कहल बा कि यीशु हाड़-मांस में ईश्वर माने मानव रूप में ईश्वर (देखऽ जॉन1:1, 14) । ईश्वर धरती पर अइले हमनी के शिक्षा देबे खातिर, हमनी के ठीक करे खातिर, हमनी के माफ करे खातिर- अउर हमनी खातिर प्राण देबे खातिर! ईसा मसीह ईश्वर हवे, रचयिता हवे, स्वायत्त प्रभु के रूप में। का तू इहे यीशु के स्वीकार कइले बाड़?

रक्षक के मतलब का होला, अउर हमनी के रक्षक के जरूरत काहे पड़ेला? बाइबिल में कहल बा कि हमनी के सभे पाप कइले बानी जा; हमनी के बुरा कार्य कइले बानी जा (रोमन3:10-18) । हमनी के पाप के परिणाम से, हमनी के ईश्वर के क्रोध अउर सजा के लायक बानी। अनन्त अउर सनातन ईश्वर के खिलाफ कइल गइल पाप खातिर एके सज़ा बा - अनन्त सजा(रोमन6:23; आकाशवाणी 20:11-15) । इहे कारण बा कि हमनी के रक्षक चाहीं।

ईसा मसीह धरती पर अइले आ हमनी के जगह पर आपन प्राण दे दिहले। यीशु के मृत्यु हमनी के पाप खातिर अनन्त भुगतान रहे (2 कॉरिन्थियन्स 5:21) । यीशु हमनी के पाप के प्रायश्चित खतिर आपन प्राण के त्याग कइले (रोमन5:8) । यीशु कीमत चुकइले, एह से हमनी के ना चुकावे के पड़ल। उनकर पुनर्जन्म इ बात के प्रमाण बा कि उनकर मृत्यु हमनी के पाप के प्रयाश्चित के तौर पर पर्याप्त रहे। एही कारण यीशु हमनी के एकमात्र रक्षक हवे (जॉन14:6, ऐक्ट 4:12) । का तहरा रक्षक के रूप में यीशु में आस्था बा?

का यीशु तहार “व्यक्तिगत” रक्षक हवे? बहुत लोग ईसाइयत के मतलब समझेला गिरजाघर गइल, रिवाज़ निभावल अउर/चाहे कुछ पाप ना कइल। इ ईसाइयत ना ह। सही माएने में ईसाइयत के मतलब होला ईसा मसीह से व्यक्तिगत संबंध। यीशु के आपन व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइला के मतलब होला आपन खुद के विश्वास उनका में रखल अउर उनका में आस्था रखल। केहू दोसरा के विश्वास के चलते नइखे बांच सकत। कुछ कइला से केहू के माफी ना मिल जाला। बांचे के एकमात्र राह बा कि व्यक्तिगत तौर पर यीशु के आपन रक्षक के रूप में स्वीकार कइल, एकरा में विश्वास कइल कि तहरा पाप के प्रायश्चित करे खतिर उ प्राण के त्याग कइले अउर उनकर पुनर्जन्म तहार अनन्त जीवन के गारंटी ह(जॉन3:16)। का यीशु तहार व्यक्तिगत रक्षक हवे?

अगर तू ईसा मसीह के व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइल चाहऽ ताड़ऽ, त आगे दिहल शब्दन के उच्चारण करऽ, इ बात जरूर इयाद रखिह कि खाली इ प्रार्थना चाहे दूसर कौनो प्रार्थना कइला से तू ना बचबऽ। खाली एह बात में आस्था कि ईसा मसीह तहरा पाप से बचावे खातिर शूली पर चढ़ गइले, तहरा के पाप से बचाई। इ प्रार्थना त मात्र परमेंश्वर के बातावे खातिर एगो माध्यम बा कि उनका में तहार आस्था बा अउर धन्यवाद देबे के खातिर कि उनका चलते तहरा मोक्ष मिलल। “ परमेश्वर, हम जानऽ तानी कि हम तहरा खिलाफ पाप कइले बानी अउर सजा के पात्र बानी। बाकि ईसा मसीह हमार उ सजा के ले लेले जे हमरा खातिर बा ताकि ईश्वर में आस्था के माध्यम से हमरा क्षमा मिल जाए। हम मोक्ष खातिर तहरा में आपन आस्था रखऽ तानी। तहार अद्भुत किरपा अउर क्षमा खातिर - अनन्त जीवन के सौगात खातिर, धन्यवाद! आमीन!”

एहिजा जवन दिहल बा, का उ पढ़ के रउआ ईसा मसीह खातिर निर्णय लेले बानी? आगर हाँ, कृपा कर के नीचे दिहल बटन के क्लिक करीं “हम आज ईसा मसीह के स्वीकार करऽ तानी”।



भोजपुरी हामपेज में वापस



यीशु के व्यक्तिगत रक्षक के रूप में स्वीकार कइला के मतलब का बा?