का यीशु ईश्वर हवे? कभी यीशु दावा कइले कि उ ईश्वर हवे?




सवाल: का यीशु ईश्वर हवे? कभी यीशु दावा कइले कि उ ईश्वर हवे?

जवाब:
बाइबिल में कहीं यीशु इ बात शब्दन में नइखन कहले,” हम ईश्वर हईं।” वइसे एकर इ मतलब नइखे कि उ कभी घोषणा ना कइले कि उ ईश्वर हवे। उदाहरण खातिर जॉन 10:30 में यीशु शब्द, “ हम अउर परम पिता एक हईं।” हमनी के खाली यहूदी लोगन के प्रतिक्रिया जाने के जरूरत बा कि ईश्वर के दावा कइला के बाद का होता। एह कारण उ लोग उनका पर पत्थर फेंके के प्रयास कइल।”.......तू महज एक आदमी हव, ईश्वर होखे के दावा कर ताड़ (जॉन 10:33)। यहूदी लोग उहे समझल जवन यीशु दावा करत रहले - ईश्वर। ध्यान देबे वाला बात बा कि यीशु कभी ईश्वर भइला के दावा से इन्कार ना कइले। जब यीशु घोषणा कइले,”उ अउर परमपिता एक हवे” (जॉन 10:30), उनका कहे के मतलब रहे कि उनकर अउर परमपिता के एक ही प्रकृति अउर गुण बा। जॉन 8:58 में दोसर उदाहरण बा। यीशु घोषणा कइले, “ हम तहन लोग के सच्चाई बतावऽ तानी, अब्राहम के जन्म लेबे के पहिले हमार जन्म भइल!” जवन भी यहूदी इ बात के सुनल उ विरोध में ईश्वर निन्दा खातिर यीशु के मारे खतिर पत्थर उठा लिहल, काहे कि मूसा के कानून उ लोग के अइसन करे के आदेश देले रहे (लेविटिकस 24:15)।

जॉन यीशु के ईश्वर होखे बात दोहरइले बाड़े : “शब्द ईश्वर रहे” अउर “शब्द मांस बन गइल”(जॉन1:1,14) । एह पद से साफ पता चलता कि यीशु हाड़-मांस में परमेश्वर हवे। ऐक्ट 20:28 हमनी बतावता, “ ईश्वर के गिरजाघर में पादरी हो जा, जे आपन स्वयं के रक्त के बदले पइले बाड़े।” के गिरजाघर पाइल- ईश्वर के गिरजाघर - आपन स्वयं के रक्त से? ईसा मसीह। ऐक्ट 20:28 घोषणा कइल बा कि ईश्वर आपन स्वयं के रक्त के बदले आपन गिरजा घर के खरीदले बाड़े। एह से, यीशु परमेश्वर हवे!

भक्त थॉमस यीशु के सबंध में घोषणा कइले, “ हमार मालिक अउर हमार ईश्वर (जॉन 20:28)। यीशु उनकर बात में सुधार ना कइले। टाइटस 2:13 हमनी के बढ़ावा दिहले कि आपन ईश्वर अउर रक्षक, ईसा मसीह के आवे के इंतजार करऽ (2पीटर 1:1 भी देखऽ)। हेब्रियु 1:8, यीशु के बारे में फादर के घोषणा बा, “ पर पुत्र के बारे में उ कह ताड़े,' तहार गद्दी, हे ईश्वर, हमेशा हमेशा तक रही, अउर तहरा शासन में नेकी के राज होखी।” फादर यीशु के बारे में कह ताड़े, “हे ईश्वर” यीशु के वास्तव में ईश्वर कह के संबोधित कइले।

आकाशवाणी में, एगो देवदूत धर्म प्रचारक जॉन के निर्देश देलस कि केवल ईश्वर के पूजा करऽ (आकाशवाणी19:10) । बाइबिल में बहुत बार यीशु पूजा स्वीकार कइले बाड़े (मैथ्यु 2:11, 14:33,28:9,17; ल्युक 24:52, जॉन 9:38) । उ कभी लोगन के उन कर पूजा कइला से ना रोकले। अगर यीशु ईश्वर ना रहते त लोगन के उन कर पूजा कइला से जरूर रोकते, जइसे देवदूत आकाशवाणी में बतइले रहे। अइसन कतने पद अउर निबंध बाइबिल में इहल बा जेकरा में यीशु के ईश्वर भइला के तर्क दिहल बा।

यीशु के ईश्वर होखे के सबसे महत्वपूर्ण कारण बा कि अगर उ ईश्वर ना रहते, त पूरा संसार के पाप के प्रायश्चित खाली उनकर प्राण त्यगला से ना भइल रहीत (1 जॉन 2:2) । कौनो जीव जेकर रचना कइल गइल बा, उ यीशु हवे, अगर उ ईश्वर ना रहिते त अनन्त ईश्वर के खिलाफ पाप खातिर जरूरी अनन्त प्रायश्चित ना कइले होते। सिर्फ ईश्वर संसार के पाप के हर सक ताड़े (2 कॉरिन्थियन्स 5:21), मर के अउर पुनर्जन्म ले के पाप अउर मृत्यु पर उनकर विजय के प्रमाणित कइले।



भोजपुरी हामपेज में वापस



का यीशु ईश्वर हवे? कभी यीशु दावा कइले कि उ ईश्वर हवे?